Current Date: 16 May, 2024
Sabke Ram APP

बेदिया भुलाईल बा - Chandan Chanchal and Appi prathi


F:-        पुरुब आ पश्चिम घुमतानी काहे राउरा 
        माथवा पऽ लेके पिया भारी हई दउरा 
        पुरुब आ पश्चिम घुमतानी काहे राउरा 
        माथवा पऽ लेके पिया भारी हई दउरा 
        भईल बाटे भीड़ रगड़ाता शरीर हमार माथा अउजाईल बा 
M:-        बनी हम अभागहा चिन्हाते नईखे जागहा 
        बेदिया भुलाईल बा ए धनी हो
        बनी हम अभागहा चिन्हाते नईखे जागहा बेदिया भुलाईल बा

F:-        याद करी कवना जगहा बनाके रही गईल जी 
        कुछउ तऽ होई ओहीजा बेदिया लगे धईल जी 
M:-        बाटे बड़ी भीड़ तऽ चिन्हाला ना जगहीया 
        केनीये से आईल रही गईनी कवना रहीया 
F:-        बितता बेरवा जे हो ताटे देरवा माथा अवजाईल बा 
M:-        बानी हम अभागहा चिन्हाते नईखे जागहा 
        बेदिया भुलाईल बा ए धनी हो
        बानी हम अभागहा चिन्हाते नईखे जागहा बेदिया भुलाईल बा 

F:-        कहनी कि जल्दी चली राउवे कईनी लेट जी 
        करी उपहीया कवनो कबले करी वेट जी 
M:-        माथा नाही काम करे बानी कंफियूज 
        लागता कि बेदिया आपन दोसर कईलस यूज 
F:-        विशुनपुरी चन्दन करेले माई के वन्दन दिया दियरी बराईल बा 
M:-        बानी हम अभागहा चिन्हाते नईखे जागहा 
        बेदिया भुलाईल बा ए धनी हो
        बानी हम अभागहा चिन्हाते नईखे जागहा बेदिया भुलाईल बा 
 

Singer - Chandan Chanchal and Appi prathi