Current Date: 11 May, 2024
Sabke Ram APP

छठी माई के करब बरतिया (Chhath Mayi Ke Baratiya) - Khesari Lal Yadav & Khushbu Jain


हो ओ ओ ओ ..!
हो ओ ओ ओ ..!

आईल छठी के त्यौहार चहके लागल घर दुवार
माई के महिमा अपार लोगवा बोले जय जयकार
छठी माई के करब बरतिया भोरहरी में चार बजे
छठी माई के करब बरतिया भोरहरी में चार बजे


सईया लेके चलिहे माई के बहँगिया भोरहरी में चार बजे
सईया लेके चलिहे माई के बहँगिया भोरहरी में चार बजे !
छठी माई के करब बरतिया भोरहरी में चार बजे
छठी माई के करब बरतिया भोरहरी में चार बजे
देवरु लेके चलिहे सिर पे दउरिया भोरहरी में चार बजे
देवरु लेके चलिहे सिर पे दउरिया भोरहरी में चार बजे !

ऐ हो सखी तनी चुनरी लियावs चुनरी लाके माँ के ओढ़ावs
माँ के ओढ़ाके रूप सजावs जिनगी आपन सफल बनावs
ऐ हो सखी तनी चुनरी लियावs चुनरी लाके माँ के ओढ़ावs !
माँ के ओढ़ाके रूप सजावs जिनगी आपन सफल बनावs !!
सुनs ऐ हमरी सजनिया तू घर के लक्ष्मीनिया नु हो
सुनs ऐ हमरी सजनिया तू घर के लक्ष्मीनिया नु हो
छठी मईया के बईठी चरनिया तs करी जा पूजनीया नु हो
छठी मईया के बईठी चरनिया तs करी जा पूजनीया नु हो

ऐ हो सखी तनी कलशा लेयावs कलशा गंगा जल से भरावs
कांच कसईली पान चढ़ावs आवs घी के दीप जरावs
ऐ हो सखी तनी कलशा लेयावs कलशा गंगा जल से भरावs !
कांच कसईली पान चढ़ावs आवs घी के दीप जरावs !!
रची रची करबू आरतिया भोरहरी में चार बजे
रची रची करबू आरतिया भोरहरी में चार बजे
सासु संगे जाईब देवे अरघिया भोरहरी में चार बजे
सासु संगे जाईब देवे अरघिया भोरहरी में चार बजे

निम्बुआ नारंगी से भरल डलईया
निम्बुआ नारंगी से भरल डलईया
की अरघा चढ़ावे सुहागिन तिवईया
अरघा चढ़ावे सुहागिन तिवईया
उगिहे आदित मल होखीहें सहईया
उगिहे आदित मल होखीहें सहईया
की अरघा चढ़ावे सुहागिन तिवईया
अरघा चढ़ावे सुहागिन तिवईया
निम्बुआ नारंगी से भरल डलईया
की अरघा चढ़ावे सुहागिन तिवईया
अरघा चढ़ावे सुहागिन तिवईया
अरघा चढ़ावे सुहागिन तिवईया

छठी मैया के भजन :- 

अगर आपको ये भजन पसंद आया हो तो कृपया इसे शेयर करे, अपना सुझाव देने के लिए कमेंट करें

Singer - Khesari Lal Yadav & Khushbu Jain