Current Date: 02 May, 2024
Sabke Ram APP

दुर्गा मईया की ! जय !! - खेसारी लाल यादव, प्रियंका सिंह


धरम पत्नी हो !
धरम पत्नी हो !
बोलs बोलs दुर्गा मईया की !
जय !!
करबs का पिया बोलs रूपया कमाई के
पूजा में ना खर्चा जे होई देवी माई के
एतनी पईसा में हम का ले आईब ?
आई ..?
ऐ ! करबs का पिया बोलs रूपया कमाई के
पूजा में ना खर्चा जे होई देवी माई के
ऐके बात हम कई बेर रटनी हो
रटनी हो !
आमदनी बाटे ठप राखs एतनी हो
काहे बात ना बुझेलू धरम पत्नी हो
मेला जाईल चाहतारु हउ चटनी हो
काहे बात ना बुझेलू धरम पत्नी हो


 
[म्यूजिक..]

नव चुनरी पूजा के सामग्री सब जा तानी किने हो
नव कन्या कुंवारी खियावे के बा नवमी के दिने हो
काम थोड़ा में सिखs चलावे के कुछ कs दs कटौती हो
बिलकुल ना !
नवरात्र में ऐ धनी अगिला
का ?
पूरा करिहs मनवती हो
कईसन मनवती ?
की चीज कई गो पहिलही छटनी हो
छटनी हो !
खिसियालु काहे धनी पचरतनी हो
मज़बूरी तनी बुझs धरम पत्नी हो
खाईल चाहतारु छोला हउ चटनी हो
काहे बात ना बुझेलू धरम पत्नी हो


 
[म्यूजिक..]

सब माईये के दिहल हs राजा इन्ही में कंजूसी हो
देखs मनिहे ना केतनो मनवले जदी जईहे ई रुसी हो
लागे चली नाही कवनो चारा
ना ..!
धरम संकट में परले खेसारी
हs तs ..!
कहां बाड़s ऐ आशु तिवारी
बोला लs !
कुछ पईसा दs तुहि उधारी
काहे ?
हां कईसे मान गईलs तनिका जे डटनी हो
डटनी हो !
आमदनी बाटे ठप राखs एतनी हो
काहे बात ना बुझेलू धरम पत्नी हो
मेला जाईल चाहतारु हउ चटनी हो
काहे बात ना बुझेलू धरम पत्नी हो
तू एहि लायक बड़ले बाड़s !

Singer - खेसारी लाल यादव, प्रियंका सिंह