Current Date: 02 May, 2024
Sabke Ram APP

लाले लाल चुनरिया चमके - पवन सिंह


जय जय हो मईया !
जय जय हो मईया !
जय जय हो मईया !
लाले लाल चुनरिया चमके
मईया के सुरतिया दमके
हां हां हां ! लाले लाल चुनरिया चमके
मईया के सुरतिया दमके
मन करे रही मंडप में दिनों रात रे
जय हो !
मईया के साथ रे
हम तs करब आपन सुख दुःख वाला बात रे
मईया के साथ रे
मईया के साथ रे


 
[म्यूजिक..]

मूर्ति सोझा तs जगमग दीप जरता
देखी घरे जाये के नाही दिल करता
दिल करता ! दिल करता !
हां ! मूर्ति सोझा तs जगमग दीप जरता
देखी घरे जाये के नाही दिल करता
रह के निर्जल हम बिताईब नवरात्र रे
जय हो !
मईया के साथ रे
हम तs करब आपन सुख दुःख वाला बात रे
मईया के साथ रे
मईया के साथ रे


 
[म्यूजिक..]

श्याम देहाती आज़ाद जईसे लागल बाड़े हो
माई के भक्ति में दुनू भाई पागल बाड़े हो
दुनू भाई ! दुनू भाई !
दीपक पुतुल अमित जईसे लागल बाड़े हो
माई के भक्ति में तीनो भाई पागल बाड़े हो
संगे रहब केहू कही ना अनाथ रे
जय हो !
मईया के साथ रे
हम तs करब आपन सुख दुःख वाला बात रे
मईया के साथ रे
मईया के साथ रे

Singer - पवन सिंह