Current Date: 02 May, 2024
Sabke Ram APP

ऐ केहू घर में बा हो - पवन सिंह, प्रियंका सिंह


ऐ केहू घर में बा हो ?
नईखे !
ऐ भाभी झूठ मत बोलिहs कम टू दुवारा !
ढेर अंगेरजी छांटतारs !
भगबs की ना ?
आई आई ना कुछ काम बा !
कवन काम बा ?
बाक नु ..!


 
घर में घुसतारs ना हमसे पूछतारs
काथी के रसीद ऐ देवर काटतारs
ऐ कहाँ कहाँ ?
बइठे दs ना कुर्सियां पs !
ऐ ! घर में घुसतारs ना हमसे पूछतारs
काथी के रसीद ऐ देवर काटतारs
जा तानी माई के मूर्ति लेयावे
तुहि करिहs परिछावन
जय हो !
दुर्गा पूजा के चंदा दे दs ऐ भउजी 251
दुर्गा पूजा के चंदा दे दs ऐ भउजी 251

चंदा के नाम पs धांधली कईले बाड़s जा ?
भउजी सुनिए ना ये ओरिजिनल पूजा है !
हम कईसे माने ?
अरे तs पंडाल दुवरे पs नs बनेगा !
भाक !


 
हमार सईया गईल बाड़े खेते
ऊ रहते तबे नु पईसा देते
बोलबू झूठ ?
सही हो !
हे ! हे !
हमार सईया गईल बाड़े खेते
ऊ रहते तबे नु पईसा देते
जब पईसा नईखे भउजी तs गेहूँ चाउरे दे दs
चाउरे दे दs !
आ ईहो जदि नईखे अनाज कुछ अउरे दे दs
401 दिहले तोहार पड़ोसी चाचा राम खेलावन
खेलावन !
जय हो !
दुर्गा पूजा के चंदा दे दs ऐ भउजी 251
दुर्गा पूजा के चंदा दे दs ऐ भउजी 251

लेवे के बा तs हई 11 रुपया लs
आ ना तs जा
भक्तियो में कंजूसी ?
जय हो !

कल सात बजे सुबहे में अईहs
अपना भईया से कैश लेके जईहs
ना पढ़ा देबू !
तs एक काम करs घरवे लेले जा !
आ कल सात बजे सुबहे में अईहs
काहे ?
अपना भईया से कैश लेके जईहs
हे हे ..!
हम जानी ले घर के मालकिन तुहि हउ हो
हउ हो !
कुछु बोलिहे ना पवन भईया हउवे गऊ हो
गऊ हो !
श्याम आज़ाद संतोष सजईहे लागी पंडाल सुहावन
सुहावन !
जय हो !
दुर्गा पूजा के चंदा दे दs ऐ भउजी 251
दुर्गा पूजा के चंदा दे दs ऐ भउजी 251
तोहनी के खा जईबs जा !
हम आके पंडाले में 501 रुपया चढ़ाईब !!
दिल जीत लिया आपने !
जय माता दी !!

Singer - पवन सिंह, प्रियंका सिंह