Current Date: 17 May, 2024
Sabke Ram APP

पहिले पर्ची पs लिख लs ! - पवन सिंह, प्रियंका सिंह


पहिले पर्ची पs लिख लs !
पहिले पर्ची पs लिख लs !
छूट गईल लवंग कसईली जी
का कही परल ना याद
याद !
का कही परल ना !
छूट गईल लवंग कसईली जी
का कही परल ना याद
याद !
आईल दिमाग में ऐ पिया रउवा
घर से निकलला के बाद
प्लीज एक बार अउरी चल जाई मार्केट !
का चल जाई मार्केट एहिजे बा ?
हम बतावs तानी नियम एगो सिख लs
का जी ?
जवन लागेला पूजा के सामान पहिले पर्ची पs लिख लs
जवन जवन लागेला पूजा के सामान पहिले पर्ची पs लिख लs
अच्छा ठीक बा !


 
[म्यूजिक..]

हम पहिला बेर करतानी नवरात हो
नवरात हो !
रउवा जानत नु बानी केहू नईखे साथ हो
साथ हो !
फोन कs के नईहर जानकारी करs हो
का का लागेला सामग्री तैयारी करs हो
आ तनी घटल बढ़ल ठीक से परीख लs
परीख लs !
जवन लागेला पूजा के सामान पहिले पर्ची पs लिख लs
जवन जवन लागेला पूजा के सामान पहिले पर्ची पs लिख लs


 
[म्यूजिक..]

बाटे रउवा से हमार विनती पवन हो
पवन हो !
तनी जल्दी से आईब करे के बा हवन हो
हवन हो !
बेरी बेरी जाए से खिस बरता
बाकी भक्ति के दिल में एगो दीप जरता
दुर्गा माई से बुद्धि के भीख लs
बुद्धि के भीख लs !
भीख लs !
जवन लागेला पूजा के सामान पहिले पर्ची पs लिख लs
जवन जवन लागेला पूजा के सामान पहिले पर्ची पs लिख लs
पर्ची पs लिख लs ! पर्ची पs लिख लs !

Singer - पवन सिंह, प्रियंका सिंह