Current Date: 17 May, 2024
Sabke Ram APP

पूजा कईनी जा भर नवमी हो - खेसारी लाल यादव


शेरावाली जय जय माँ !
लाटावाली जय जय माँ !
जोतावाली जय जय माँ !
थावेवाली जय जय माँ !
जय हो !
पूजा कईनी जा भर नवमी हो
आखिर भईल कवन कमी हो
ऐ माई !
जय हो !
पूजा कईनी जा भर नवमी हो
आखिर भईल कवन कमी हो
काहे छोड़ के जाईल चाहत ई समाज बाड़ू का हो
समाज बाड़ू का !
काहे हँसत नइखू मईया हो नाराज बाड़ू का
काहे बोलत नइखू मईया हो नाराज बाड़ू का !

 

[म्यूजिक..]

जय हो माँ तेरी जय हो माँ !
जय हो माँ तेरी जय हो माँ !
जय हो !
तोहरा के देखी अईसे एतना उदास हो
हमनी के अटकल बा ऐ माई सांस हो
तोहरा के देखी अईसे एतना उदास हो
हमनी के अटकल बा ऐ माई सांस हो
तs काहे महिमा बरिसावत नाही आज बाड़ू का हो
आज बाड़ू का !
काहे हँसत नइखू मईया हो नाराज बाड़ू का
काहे बोलत नइखू मईया हो नाराज बाड़ू का !

 

[म्यूजिक..]

जय हो !
अर्जी बा तोहरा से ऐ महारानी
हंसी दs ना ऐको बेरी हाथ जोड़तानी
ऐ माई !
जय हो !
अर्जी बा तोहरा से ऐ महारानी
हंसी दs ना ऐको बेरी हाथ जोड़तानी
खेसारी यादव राज के सुनत ना आवाज बाड़ू का हो
आवाज बाड़ू का !
काहे हँसत नइखू मईया हो नाराज बाड़ू का
काहे बोलत नइखू मईया हो नाराज बाड़ू का !

पूजा कईनी जा भर नवमी हो
आखिर भईल कवन कमी हो
काहे छोड़ के जाईल चाहत ई समाज बाड़ू का हो
समाज बाड़ू का !
काहे हँसत नइखू मईया हो नाराज बाड़ू का
काहे बोलत नइखू मईया हो नाराज बाड़ू का !

Singer - खेसारी लाल यादव