Current Date: 27 Jul, 2024

शेरावाली मईया की ! जय - नीलकमल सिंह


बोलs बोलs शेरावाली मईया की !
जय …!
नवरातर नव दिन मन भावन लागेला
मईया के पंडाल में सब रात भर जागेला
नवरातर नव दिन मन भावन लागेला
मईया के पंडाल में सब रात भर जागेला
कs के शेरवा सवार करस सबके उधार
नव दिन नव रुपवा देखावेली
सब पे आशीष बरसावेली
मोरी मईया पहाड़वा से आवेली
ऐ सब पे आशीष बरसावेली
मोरी मईया पहाड़वा से आवेली
बोलs बोलs सच्चे दरबार की !
जय …!

[म्यूजिक..]


 
भक्ति भरल रहेला मन में जेकरा रहे उमंग हो
कवनो संकट परे ना देली रहेली ओकरा संग हो
रहेली ओकरा संग हो !
भक्ति भरल रहेला मन में जेकरा रहे उमंग हो
कवनो संकट परे ना देली रहेली ओकरा संग हो
सब हर लेली कष्ट दुःख हो जाला नष्ट
माई सुतल भगिया जगावेली
महिमा अपार देखावेली
मोरी मईया पहाड़वा से आवेली
अरे सब पे आशीष बरसावेली
मोरी मईया पहाड़वा से आवेली

[म्यूजिक..]


 
केहू छोट आ बड़ ना केहू सबे ऐके सम्मान हो
सोनू कुंदन माफ़ कs देली गलती बुझी नदान हो
गलती बुझी नदान हो !
केहू छोट आ बड़ ना केहू सबे ऐके सम्मान हो
सोनू कुंदन माफ़ कs देली गलती बुझी नदान हो
राजा होला फकीर बदले तक़दीर
उहे सबके उजाड़े बसावेली
नीलकमल सबके अपनावेली
मोरी मईया पहाड़वा से आवेली
सब पे आशीष बरसावेली
मोरी मईया पहाड़वा से आवेली

अगर आपको यह भजन अच्छा लगा हो तो कृपया इसे अन्य लोगो तक साझा करें।